टटका खबर
Daily News

हिन्दी पत्रकारिता दिवस पर बापू भवन में आयोजित कार्यक्रम में हिन्दुस्तान दैनिक के प्रेस फोटोग्राफर रोशन जायसवाल के फोटो प्रदर्शनी लगावल गइल रहुवे जवना में बलिया के इतिहास के दुर्लभ याद फेर से ताजा करावल गइल रहे.
एह साल के परीक्षा परिणाम एके गो बात देखवलसि कि बबुनी लोग पढ़ाई करे में बबुआ लोग से आगा निकल गइल बाड़ी. हर परिणाम में लड़कियन के रिजल्ट बढ़िया भईल बा. जहाँ ई कहल जात होखे कि,
"का हो? हरे चलबू?
कि दुश्मन के लाठी अड़बू?
कि देबू पितरन के पानी?
मुहझँउसो, लड़िका के बरोबरी लिहें!"
ओह समाज में ई खबर बहुते बढ़िया बा.
काल्हु सतीश चन्द्र कालेज चौराहा से कदमतर चौराहा तक के अतिक्रमण हटावल गइल.
नोएडा के आरुषि हत्याकाण्ड के आरोपी आरुषि के पिता के जमानत के अर्जी कोर्ट से खारिज हो गइल. अबहीं ले पुलिस ओह हथियार के बरामद नइखे कर पावल जवना से दू गो खून कइल गइल रहे, आरुषि के आ घर के नौकर हेमराज के.
यूपी बोर्ड रिजल्ट देखा दिहलसि कि स्वकेन्द्र ना रहला पर रिजल्ट कइसन होला. नकल कम ना भइल रहुवे तबहियों नकलची लोग कमे पास भइल बा. आशा कइल जाव कि आगहूं परीक्षा में कड़ाई बरकरार रही.
बनारस आ अलीगढ़ के कमिश्नर बदल दिहल गइलें.
विधान सभा भवन का सोझा काल्हु व्यापारी लोग धरना दे के यूपी कोका कानून तुरते आ सख्ती से लागू करे के मांग कइल.
मुलायम सिंह मांग कइले बाड़न कि गुर्जर मामला पर विचार करे खातिर खास अधिवेशन बोलावल जाव.
बलिया के शिक्षक चन्दन सिंह संचालित साइन्सविजन कोचिंग लखनऊ में बलिया के पियूष साहू ९२ फीसदी, विवेक राय ८८ फीसदी, गौरव आनन्द ८५ फीसदी, क्षमा सिंह ८४ फीसदी, दीपक गुप्ता ७८ फीसदी, श्रीलेखा द्विवेदी ७३ फीसदी अंक लेके सीबीएसई के दसवीं के परीक्षा पास कइले बा लोग.





