टटका खबर
Daily News

सीबीएसई के काल्हु निकलल दसवीं का रिजल्ट में सेंट जेवियर्स स्कूल के छात्र लोकेश जैन ९४.४ फीसदी अंक का साथ जिला में पहिलका जगह पर, ९४ फीसदी अंक का साथ देवस्थली के आशुतोष दूसरका कगहा पर आ ९३.६ फीसदी अंक ले के ज्ञानपीठिका के ऋषभ श्रीवास्तव तीसरका जगहा पर आइल बाड़े.
रेवती थाना के पाण्डेय का छपरा गांव का लगे सड़क किनार लकड़ी बिने गइल एगो लड़की के उठा ले भाग मोटरसाइकिल सवार बदमाशन के ईंटा भट्ठा पर काम करे वाला मजदूर पकड़ लिहलन स आ लड़की के छोड़ा लिहलन स.
जौनपुर के जिविनी के हत्या का खिलाफ पूर्वांचल के सगरी शिक्षा कार्यालयन में काल्हु बन्दी रहल. हत्यारा अब तकले पकड़ाइल नइखे.
आरुषि हत्याकण्ड अब राजनीतिक दांव पेंच में अझूराए लागल बा, यूपी सरकार एह मामिला के सीबीआई जांच करवावे के मांग कइले बिया त केन्द्र सरकार एकर कवनो जरुरत नइखे समुझत. आजु हत्यारोपी डा॰राजेश तलवार के नार्को टेस्ट होखे वाला बा.
बलिया में चलावल जा रहल अतिक्रमण विरोधी अभियान में पक्षपात कइ ल जा रहल बा. रसूख वालन के अतिक्रमण जस के तस रहि जात बा आ दोसरा के हटावल जा रहल बा. एहसे एहू अभियान के हवा निकलल तय हो गइल बा.
बलिया के झोला छाप डाक्टरन के पहिचान के जिम्मेवारी आयुर्वेदिक डाक्टर के एसोसिएशन नीमा के दिहल गइल बा.
एगो बंगाली कारीगर से दोसरका सोनार के सोना छीन लेबे का आरोप में सुरेश वर्मा के हिरासत में रखला का खिलाफ कुछ व्यापारी काल्हु नगर कोतवाल से शिकायत कइलन बाकित ओकरा के ओक्डेनगंज पुलिस छोड़लस ना.