Updated on 02 June 2008.

Your Ad Here

टटका खबर

Daily News

नोएडा में भइल आरुषि हत्याकाण्ड के जाँच सीबीआई शुरु कर दिहलसि. आईजी, डीआईजी आ एसएसपी के हटा दिहल गइल. ओह लोग पर जांच में लापरवाही करे के आरोप बा.

मायावती आश्वासन दिहले बाड़ी कि व्यापारियन पर आवश्वक वस्तु अधिनियम के धारा ३बाई७ के मुकदमा दर्ज ना होखी. एह धारा में जमाखोरी के खिलाफ मुकदमा के प्रावधान बा. पता ना जब मुकदमे नाहोखि त जमाखौरि से रोके वाला आदेश के मतलब का बा?

गोरखपुर में योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में बोलावल एगो सम्मेलन में पूर्वांचल राज्य के समर्थन के प्रस्ताव सर्व सम्मति से पास कर दिहल गइल.

एही साल यूपी में १५० नया तकनीकि कालेज खुलिहन स. पढ़ावेवाला लोग कहाँ से आई एकर चिन्ता केहू के नइखे. तीन गो नया विश्वविद्यालयो खोले के योजना बा. बोर्ड के परीक्षा में तनी भर कड़ाई हो गइल त ४५ लाख फेल कर गइलन. अगर बढ़िया से इम्तिहान ले लिह जाव त पता ना का होखी.

रामविलास पासवान यूपी में गैरभाजपा गैर बसपा दलन के एक जुट करे के बाति कहले बाड़न. आरोप लगवलन कि यूपी में उनका दल के सभा रैली पर अघोषित तरीका से रोक लगा दिहल गइल बा.

बलिया से भागल एगो प्रेमी युगल लखनऊ के होटल में जहर खा के आत्महत्या कर लिहलसि. ३१ तारीख के ओकनी के लाश बरामद भइल. लड़िका दीपू ओझा के छपरा के रहुवे त लड़की सोनम प्रकाश कालोनी के रहुवे. दुनू के अन्तम संस्कार लखनउ में एके जगह कर दिहल गइल.

बलिया के प्रधान लोग अपना मांग खातिर जन जागरण यात्रा निकाले के फैसला कइले बा लोग.

काल्हु पोलियो रविवार रहे. हर महीना एक रविवार के पोलियो ड्राप पिआवल जाला. योजना में अतना धाँधली बा कि ना त पोलियो खतम होखी ना ड्राप पिआवल.

दलछपरा के प्रधान प्रतिनिधि आ प्रधानसंघ के उपाध्यक्ष बबली तिवारी कहत बाड़े कि उनुकर हत्या के षडयन्त्र रचल जा रहल बा.


बसिया खबर