टटका खबर
Daily News

फेर दू दिन देर हो गइल. आजुकाल्ह कुछ अइसन बोझा पड़ गइल बा काम के कि देर सबेर होइये जा रहल बा.
सोमार का दिने आँधी से पेड़ गिरला का चलते नगरा थाना के घेलसड़ी गांव में दू गो लड़की दबा के मर गइली स. एगो लड़िका घवाहिल होके अस्पताल में भरती करावल गइल बा. फेफान में दर्जनो से अधिका फेँड़ गिर गइली स.
बलिया नगरपालिका के अतिक्रमण हटावे के काम के ई हाल बा कि एक तरसे हटावल जात बा त दोसरा तरफ से फेरु लाग जात बा. कवनो सड़क पर निकल जाईं कतहीं ना बुझाई कि अतिक्रमण हटा दिहल गइल.
आजमगढ़ गाजीपुर रोड पर रामपुर गांव में स्व. चन्द्रशेखर जी के आदमकद प्रतिमा के अनावरण समाजवादी पार्टी के मुलायम सिंह यादव कइलन. एह मौका पर सांसद नीरज शेखर समेत ढेरे नेता लोग मौजूद रहल.
सोमार का दिने बलिया टाउन हाल में बलिया चेम्बर आफ कामर्स के सालाना जलसा भइल जवना में चेम्बर के साल भर के काम काज पर विचार कइल गइल.
मायावती सरकार अब हर साल दू कोठरी वाला एक लाख घर गरीबन खातिर बनवाई.
मंगल का रात बलिया जिला अस्पताल में डाक्टर ए के सिहं के पिटअई का बाद अस्पताल के डाक्टर लोग हड़ताल पर चलि गइल बा. खाली आपात सेवा केहू तरे चलावल जा रहल बा. पुलिस एगो हमलावर के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
तेल के दाम बढ़े का डर से लोग अइसन ना तेल खरीदल कि पेट्रोल पम्पन पर तेले खतम हो गइल. इहो कह सकीला कि दाम बढ़े का उमीद पर पम्प वाला तेल दबा के राख लिहलन कि दाम बढ़ी त मलाई काट लिहल जाई.